About Me

इस साईट में शामिल हो

Monday 12 September, 2011

इंटरनेट

कइसन-कइसन काम नधाइल बाटे इंटरनेट पर
माउस धइले लोग धधाइल बाटे इंटरनेट पर

सर्च करीं जे चाहीं रउरा घरहीं बइठल-बइठल अब
सबके वेबसाइट छीताराइल बाटे इंटरनेट पर

बेदेखल-बेजानल चेहरा से भी प्यार-मुहब्बत अब
अजबे-गजबे मंत्र मराइल बाटे इंटरनेट पर



जब-जब कैफे वाला कहलस सर्वर डाउन बा मालीक
तब-तब बहुते मन बिखियाइल बाटे इंटरनेट पर



रूस, कनाडा, चीन, जर्मनी, भारत, यू.एस या लंदन
एक सूत्र में लोग बन्हाइल बाटे इंटरनेट पर

शाली से जब पूछनी ,’ काहो- दुल्हा कतहूँ सेट भइल’
कहली उ मुस्कात ‘ खोजाइल बाटे इंटरनेट पर


मन के अँगना में गूँजत बा ‘भावुक’ हो तोहरे बतीया
गोरिया के लव-लेटर आइल बाटे इंटरनेट पर…..

No comments:

Post a Comment